[go: up one dir, main page]

Jump to content

टैबलेट कंप्यूटर

विकिपीडिया से

टैबलेट कंप्यूटर जेकरा के छोट नाँव टैबलेट चाहे टैब से जानल जाला, एक किसिम के मोबाइल यंत्र हवे। एह में टचस्क्रीन, सर्किट, रिचार्ज होखे वाली बैटरी वगैरह सगरी चीज एकही चापट इकाई के रूप में होला आ अलगा से कीबोर्ड आ माउस नियर इनपुट डिवाइस ना होलें। आज्काल्ह के ज्यादेतर टैबलेट स्मार्टफोन नियर बाड़ें बस ई साइज में उनहन से बड़ होलें आ इहो हो सके ला कि कुछ टैबलेट में सेलफोन नेटवर्क पकड़े के सुबिधा न होखे। फोन आ टैबलेट के बीचा के चीज के फैबलेट के रूप में देखल जाला जबकि 2-इन-1 लैपटॉप सभ में स्क्रीन के अलगिया के टैबलेट नियर इस्तेमाल के सुबिधा होले।